‘‘कानून और अपराधी’’ फिलिम के बैकग्राउण्ड म्यूजिक प्रगति पर

by | Sep 5, 2013 | 0 comments

Akshara-UdayShankarराधिका क्रिएशन के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘कानून और अपराधी’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब एकरा बैकग्राउण्ड म्यूजिक पर काम चलत बा. एकर निर्माता हउवन अशोक कुमार आ लेखक-निर्देशक बिरेन्द्र पासवान. बिरेन्द्र पासवान एहसे पहिले ‘नौटंकी’, ‘नजरिया काहे लड़वलऽ’ जइसन भोजपुरी फिलिम निर्देशित कर चुकल बाड़े. आ ‘एगो चुम्मा दे दऽ राजा जी’, ‘गांव की ओर’, ‘तोहार अंखिया दिवाना बना दिहले बा’ वगैरह के कहानी लिखले बाड़न.

‘कानून और अपराधी’ ओह लोग के खिलाफ एगो जंग बा जे एह सोना जइसन देश के दीमक जइसन चाट जाए चाहत बाड़े, जिनका चलते इन्सानियत बेआबरू होखत बिया. कानून ओह लोग का बीच धूरा बन गइल बा आ पुलिस के वर्दी उनकर गुलाम. एही से जुल्म का दुनिया के बेताज बादशाह बनल राणा के खिलाफ जंग के ऐलान करत बा कानून के रखवाला कुंदन. बाकिर अफसोस कि अपने वर्दीधारी सिपाहियन का चलते ऊ राणा का जाल में फँस जात बा आगे का होखत बा से फिलिम के क्लाईमेक्स बा.

बहरहाल एह फिलिम फिल्म में नवोदित अभिनेता धीरज कुमार, शबनम पाटिल, अशोक कुमार, विजय सिंह, राजकुमार पाण्डे, डा. सुदर्शन, सुरेन्द्र आ बृजमोहन के मुख्य भूमिका बा. संगीतकार हउवें अजय प्रसन्ना, कोरियोग्राफर संतोष कुमार, एडीटर दीपक सिन्हा आ कैमरामैन जानू.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up