भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव एह साल बॉक्स ऑफिस प अपना सफल फिलिमन के छक्का मार दिहले बाड़न.
एह साल खेसारी के लगातार छह गो फिलिम सुपर हिट भइल बाड़ी स. ‘कच्चेधागे’, प्रतिज्ञा-2, ‘बेताब’,’चरणों की सौगंध’, ‘शोला शबनम’, ‘तेरे नाम’ लगातार छह गो फिलिम बॉक्स ऑफिस पर शानदार सफलता पवले बाड़ी स.
आ हालही मे रिलीज ‘तेरे नाम’ फिलिमो सगरी बिहार में शानदार सफलता दर्ज करत बिया.
अपना सफलता से खेसारी गहगह बाड़न.
(प्रशान्त-निशान्त)