एह घरी सिनेमा भोजपुरी में हिट फैक्ट्री बन गइल चर्चित अभिनेता खेसारीलाल यादव के स्टंट में कवनो जवाब नइखे. अपना आवे वाली फिलिम ‘तेरी कसम’ ला खेसारीलाल यादव अइसन ख़तरनाक स्टंट कइलन के देखे वालन के होश उड़ गइल. निर्देशक निर्देशक अनिल सिनकर एह सीन ला खेसारी के डुप्लीकेट बोला लिहले रहलें बाकिर खेसारी जिद्द कर के ऊ सीन कुद कइलन. एह सीन में उनुका बहुते रफ्तार में मोटरसाइकिल चलावे के रहे. सबले खास बात ई कि सीन एके शाट में ओके हो गइल. खुशी से झुमल पूरा यूनिट खेसारी के कान्हे उठा लिहल.
एह फिलिम में खेसारी के नायिका बाड़ी मोनिका बत्रा अउर शुभी शर्मा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)