लोकप्रिय गायक आ स्टार खेसारीलाल यादव अउर अदाकारा स्मृति सिन्हा अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘हवा में उड़ता जाय लाल दुपट्टा मलमल का’’ के प्रदर्शन 8 मार्च से बिहार आ मुंबई में कइल जात बा.
श्रीमता रमादेवी प्रोडक्शन के बैनर तले निर्माता अनिल सूर्यानाथ सिंह के एह फिलिम के गीतकार, लेखक, संगीतकार आ निर्देशक अशोक कुमार दीप हउवन. एहमें खेसारी आ स्मृति के लव एंगल का संगे बिग बॉस – 5 फेम लक्ष्मीनारायण त्रिपाठीओ ठुमका लगावत नजर अइहें. मशहूर भजन गायक लखवीर सिंह लक्खा के भजन बा त तसल्लीम आरिफ क कव्वालीओ. छायांकन गोरंग शाह कइले बाड़न आ सह निर्माता अविनाश सिंह हउवे.
फिल्म के कलाकारन में खेसारीलाल, स्मृति सिन्हा, अपूर्वा, अयाज खान, प्रकाश जैश आ समर्थ चतुर्वेदी के खास भूमिका बा,
(प्रशांत निशांत)
0 Comments