pub-4188398704664586

छा गइले राकेश मिश्रा

by | Jul 7, 2013 | 0 comments

RakeshMishra2बिहार के चर्चित गायक राकेश मिश्रा बतौर नायक अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से छा गइले. अब एकरा के राकेश मिश्रा क जादूए कहल जाई जे ई फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ सबका के आपन दिवाना बनावत लगातार चउथा हफ्ता में चलत बिया. निर्माता डाक्टर सुनील के कहना बा कि ऊ जानता रहलें कि बिहार में राकेश मिश्रा के बहुते क्रेज बा आ लोग उनुका के परदा पर देखल चाहत बा. अपना एह प्रयोग के सफलता से डा॰ सुनील बहुत खुश बाड़े.

फिलिम के निर्देशक दिनेश यादवो के कहना बा कि राकेश मिश्रा बहुते आगे जइजें. संगीत कंपनी वेब पर जारी एह फिलिम के संगीतो अपना सफलता के धुम मचवले बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586