‘छोरा गंगा किनारे वाला’ इतिहास बनाई, कहलन धीरेन्द्र चौबे

DhirendreChaube
माँ केला देवी फिल्म्स के बैनर मे भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के निर्माता धीरेन्द्र चौबे के कहना बा कि उनकर ई फिलिम बाकी भोजपुरी फिलिमन से अलगा हट के बा आ ई भोजपुरी सिनेमा में एगो इतिहास बना के राख दी.

हालही में एह फिलिम के शूटिंग मुंबई में पूरा कइल गइल ह. खास बात इहो बा कि एह फिलिम में रवि किशन मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़न.

मुख्य भूमिका प्रदीप पाण्डेय चिंटू के बा आ साथे बाड़े संजय पाण्डेय, रवि पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, सोनाली जोशी, के॰के॰.गोस्वामी, सीमा सिंह, प्रिया पाण्डेय, आ मंटू लाल वगैरह. निर्देशन राजकुमार आर.पाण्डेय के बा.

धीरेन्द्र चौबे बतवलन कि एकर अधिका शूटिंग हरिद्वार में भइल बा आ एकरा के दुर्गा पूजा बेरा रिलीज करे के योजना बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up