‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के क्लाइमेक्स सीन शूट

ChhoraGangaKinareWala
माँ केला देवी फिल्म्स आ निर्माता धीरेन्द्र चौबे के भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के क्लाइमेक्स सीन के शूटिंग मुंबई में शूट कइल जा रहल बा. एह क्लाइमेक्स सीन के मौका प फिलिम के सगरी कलाकार मौजूद बाड़न.

मुख्य भूमिका में प्रदीप पाण्डेय चिंटू बाड़न आ निर्देशन राजकुमार आर.पाण्डेय के बा.

पिछला दिने एह फिलिम के कुछ शूटिंग हरिद्वार में कइल गइल रहे काहेकि ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ फिलिम में गंगा नदी देखावलो त लाजमी रहल. आ अब एकर क्लाइमेक्स सीन मुंबई में शूट कइल जात बा. अब थोड़िके शूटिंग करे के रह गइल बा जवना के जल्दिए पूरा लिहल जाई. आ फिलिम के अह साल दुर्गा पूजा बेरा ले रिलीज़ कइल जा सकऽता.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up