जनता के जगवला से बदली भोजपुरी फिलिमन के तकदीर, कहलन सुजीत तिवारी

by | Jan 28, 2014 | 0 comments

sujit_tiwariभोजपुरी फ़िल्म निर्माण आ फाइनेन्स में अगुआ कंपनी सी पी आई मूवीज के सर्वेसर्वा सुजीत तिवारी के कहना बा कि हाल का कुछेक बरीसन में भोजपुरी फिलिमन के खराब हालत ला भोजपुरी सिनेमा से जुड़ले लोग जिम्मेदार बा. आ एह हालात में सुधार तबहिए हो पाई जन जनता के जगावल जाई.

सात फरवरी के रिलीज़ होखे वाला फिलिम “प्रतिज्ञा २” के उदाहरण देत सुजीत तिवारी कहलन कि एह फिलिम के जानकारी देबे ला उ बड़हन हि्दी फिलिम, “धूम ३” अउर “जय हो”, के सहारा लिहलन आ एह फिलिमन का साथे अपना फिलिम के ट्रेलर जारी कइलन. एकरे नतीजा ह कि आजु बिहार के सिनेमा हॉल मालिकन में एह फिलिम के जबर्दस्त क्रेज़ बन गइल बा आ उ बढ़िया दाम देबे ला तइयार बाड़े.

सुजीत तिवारी कहलन कि पब्लिसिटी कवनो फिलिम के सफलता ला अहम होला बाकिर भोजपुरी फिलिम निर्माता एह बात प धेयान ना देसु. दुख होला कि फिलिम रिलीजो हो जाले आ देखेवालन के पतो ना लागे. कहलन कि भोजपुरी निर्माता निर्देशकन के चाहीं कि हर ओह माध्यम के इस्तेमाल करसु जवना से दर्थकन ले फिलिम के बारे मे जानकारी दीहल जा सके. फिल्मो के बारे में पता चले. जहाँ ले मेहरारूवन के भोजपुरी फिलिमन से अलगाव के सवाल बा त ओकरा ला फूहड़ फिलिम जिम्मेदार बाड़ी सँ जवन भोजपुरी सिनेमा के बदनाम क दिहली सँ. कुछ सड़ल मछरियन का चलते पूरा तालाब गंदा लागे लागल बा. एहसे बढ़िया फिलिम बनावे वाला निर्माता निर्देशकन के चाहीं कि जनता के जगावसु आ अपना फिलिमन के बढ़िया होखे के जानकारी देसु.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up