जब मनोज तिवारी बैंक लूटलन

by | Mar 19, 2010 | 0 comments

Maanoj Tiwari

बैंक डकैती फिल्मावे खातिर अमूमन बैंक के नकली सेट लगावल जाले बाकिर ऋषि फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनत फिल्म भईया हमार दयावान के बैंक लूट के सीन फिल्मावे खातिर प्रतापगढ़ के स्टेट बैंक आफ इण्डिया के असली शाखा पर शूटिंग करावल गइल. उपर से शूटिंग होखे के जानकारी कमे लोग के रहे. एहसे जसहीं मनोज तिवारी आ उनका टीम के गाड़ी बैंक का गेट पर चहुँपल त हथियारन से लैस डकैतन के देख बगदड़ मच गइल. आनन फानन में पुलिस के फोन कर दिहल गइल आ बैंक के शटर बन्द कर दिहल गइल.

मनोज तिवारी बतवलें कि पुलिस बाद में मैनेजर के बोलवलसि आ डकैती के शूटिंग का बारे में पुछ ताछ कइलस. निर्माता अशोक गुप्ता, आ निर्देशक असलम शेख एह घटनाक्रम से दंग रह गइलें. फिल्म के सह निर्माता हरीश गुप्ता हउवें. फिल्म में मनोज तिवारी का साथे पाखी हेगडे नायिका बनल बाड़ी. साथ में बाकी कलाकारन में रिंकू घोष, मनोज टाइगर, शुभम तिवारी, आ मोनालिसा खास बा लोग. फिल्म के सबसे कास बात ई बा कि लगातार छह गो सुपर हिट फिल्म देबे वाली मनोज तिवारी आ निर्देशक असलम शेख के जोड़ी लमहर अरसा बाद फेर एक साथे आइल बा लोग. शूटिंग अबहीं प्रतापगढ़ में चल रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up