जान सलामत रही तबहिये नू समय बचवला के फायदा मिल पाई

by | Jun 28, 2010 | 3 comments

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह के हवाई जहाज से बहुत डर लागेला. हाल में भइल कइ गो दुर्घटना का बाद उनकर ई डर अउरी बढ़ गइल बा. कई बेर त ऊ आपन बड़हन नुकसान एही चलते करा लेलन कि हवाई जहाज से जाये के पड़ी. लोग कतनो कहे बाकिर ऊ हवाई जहाज से ना जा के रेलेगाड़ी बा अपना कारे से आइल गइल पसन्द करेले.

पवन सिंह कहेले कि एने कई गो दुर्घटना घटली सँ जवना में बहुते लोग के जान चलि गइल. ओह लोग का मौत पर बेहद अफसोस जतावत कहलन कि जब अइसनका खबर सुनेले त उनका दिल के धड़कन तेज हो जाले. हवाई जहाज से जाये में समय के बहुत बचत होला मानेले बाकिर इहो कहेले कि जान सलामत रही तबहिये नू समय बचवला से फायदा मिली.

पवन सिंह बहुत मजबूरिये में हवाई जहाज से सफर करेले आ पूरा सफर हनुमान चालीसा पढ़त रहेले कि हे भगवान, सही सलामत मंजिल ले चहुँपा दऽ. आपन विदेश यात्रा के कार्यक्रम ऊ बस एही चलते टाल देलन कि ओहिजा जाये खातिर हवाई जहाज से जाये के पड़ी. पइसा के नुकसान त होला बाकिर जहाज के सफर टाल के पवन सिंह के राहते मिलेला.


(स्रोत : खालिद)

Loading

3 Comments

  1. kumar saroj

    e bhaiya hum ap k bhut bda bhakt bani aur hmre hisab se ap bilkul thik kartani lekin oonhu sbe ke sochi je ap ke fan badan aur je ap ke dekhal chahat badhan..aur agar humar likal ap ke shi lagl t phone kri 08126633356…e hmar no.. h aur ap agar sangeet ke pujari bani t hum ke jarur phone kar b…aur haat jod ke pranam kartani..jaiii ho maii thaway wali..

  2. Bhojpurikhoj.com

    Pavan ji,aishe darab ta kaise kam chali.

Leave a Reply to kumar saroj

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up