जुगाड़ पर फिलिम बनेली सँ आ जुगाड़ी निर्देशक बन जालें – राजेश पाण्डे

by | Sep 12, 2013 | 0 comments

RajeshPandey-Nirahuaएह घरी भोजपुरी सिनेमा में स्क्रिप्ट राइटर के रूप में एगो नाम तेजी से उभरल बा, ई नाम ह राजेश पाण्डे क. राजेश पाण्डे बिहार के छपरा जिला के बसंतपुर गांव के रहेवाला हउवें. पिछला दिने राजेश पाण्डे से भइल बातचीत के कुछ खास अंश –
लिखला के शुरुआत कइसे भइल?
लिखे के शुरुआत कविता आ गज़ल से कइनी जवन के देश के अनेके पत्रपत्रिकन में छपल. एकरा अलावे पचीस गो भोजपुरी एलबम ला गाना लिखनी. पटकथा लिखे के शुरुआत पटना दूरदर्शन के एगो छोटहन नाटिका से भइल. फेर हम मुंबई आ गइनी आ एहिजा लगभग दस गो भोजपुरी फिलिम लिख चुकनी.

ओह फिलिमन के नाम?
‘प्रेम लगन’, ‘खुद्दार’, ‘खेला’, ‘डॉन’, ‘अंखिया तोहार कमाल कइले बा’, ‘दिल लागल गांव की गोरी से’ लिखनी जवना में से ‘प्रेम लगन’ आ ‘खुद्दार; रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ. बाकी बनत बाड़ी सँ. ‘हमरे नाव से जिला हिलेला’ त अब रिलीजो होखे वाली बा. दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ आ मोनालिसा अभिनीत अउर रवि सिन्हा निर्देशित फिलिम ‘जंजीर’ लिखनी जवन एही महीना रिलीज होखी. एकरा अलावे पवन सिंह आ मोनालिसा अभिनीत राजकुमार पाण्डे निर्देशित ‘संईया जी दिलवा मांगे ले’ के शूटिंग चलत बा, रवि सिन्हा निर्देशित ‘सन ऑफ बिहार’ लिखत बानी, एकरे अलावे दू गो अउरी फिलिम लिखत बानी जवनन के नाम अबहीं तय नइखे. दूरदर्शन खातिर एगो धारावाहिको लिखत बानी. भोजपुरी में बनल ‘के बनी करोड़पति’ जवना के होस्ट शत्रुघ्न सिन्हा रहलें ओकरो स्क्रिप्ट हमहीं लिखले रहीं.

स्क्रिप्ट का साथही रउरा गीतो त लिखत बानी?
जी हँ, गीतो लिखत बानी. नीतू चंद्रा के फिलिम ‘देशवा’ में एगो गीत ‘सौतनवा जर मरे…’ लिखले रहीं जवना के सुनिधि चौहान गवले रही. ‘बी.डी.ओ. साहब’ फिलिमो खातिर गीत लिखले बानी जवना के कुमार सानू, अनुराधा पौडवाल, आ मो. अजीज का साथ इंदु सोनाली गवले बाड़ी.

भोजपुरी में एह घरी हिन्दी फिलिमन के रिमेक भा नामन के इस्तेमाल एने खूब होखे लागल बा. एह बारे में राउर राय?
देखीं, अगर भोजपुरी सिनेमा के स्तर उठावे के बा त कथावस्तु से हिन्दी सिनेमा के रिमेक आ हिन्दी फिलिमन के नाम के इस्तेमाल बंद करे के पड़ी.

रउरा अइसन लागेला कि ना कि भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में बढ़िया लेखक आ निर्देशकन के कमी बा?
बिल्कुल सही बात. बढ़िया लेखक आ निर्देशक के अबहियों कमी बा. जुगाड़ पर फिलिम बनत बाड़ी स आ जुगाड़ी लोग निर्देशक बन जा ता.

भोजपुरी सिनेमा के आजु के हालात पर का कहब?
मौजूदा हालात देखीं त कवनो बड़का स्टार के कीमत 10 लाख से अधिका ना होखे के चाहीं. नायिकन आ खलनायकन के मेहनताना सही बा. हमरा त डर बा कि कहीं भोजपुरी स्टारन के बढ़ल दाम भोजपुरी सिनेमा के तिसरको दौर के बंद मत करा देव.

भोजपुरी सिनेमा में फूहड़ गीतन का बारे कें का कहल चाहब?
देखी, भोजपुरी सिनेमा के लमहर उमिर देखे के बा त फूहड़ गानन से परहेज करे के पड़ी.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up