टूटत बा नकारात्मकता के सीमा – संजय पांडेय

by | Oct 10, 2013 | 0 comments

SanjayPandey33भोजपुरी सिनेमा के चर्चित खलपुरुष संजय पांडेय अब अपना भूमिकन के लेके बहुते संजीदा हो चलल बाड़े. पिछला दिने चांदीवली स्टूडियो में राजकुमार पांडेय के फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ के सेट पर संजय पांडेय से भइल बातचीत ः

हे खलपुरुष, ‘देवरा भईल दीवाना’ में रउरा केकर बनावल खेल बिगाड़त बानी ?
नाहीं, ऊ सब एह फिलिम में अवधेश मिश्रा के नामे बा. हम त एगो नया तरह के चरित्र जीयत बानी. ई एगो कॉमिक मिक्स्ड निगेटिव शेड के कैरेक्टर ह जे परेशान त करेला बाकिर केहू के नुकसान ना करे. नामो वइसने बा हलकट पांडे. मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े मरद मेहरारू हउवें. चिंटू (प्रदीप) मनोज जी के छोट भाई ह. बीच में अवधेशजी खलपुरुष बानी. हम नारद जी का तरह एने-ओने में अझुराइल बानी.

राजकुमार पांडेय के अधिकतर फिलिमन में रउरा रहीले ?
राजकुमार जी साथे ई हमार बारहवीं फिलिम ह. ‘कहिया डोली ले के अइबऽ’ से सिलसिला शुरू भइल. ‘दीवाना’ में हम उनका अउर करीबी भइनी आ ‘देवरा बड़ा सतावेला’ मे त उनकर पसंद के कलाकार हो गइनी. ‘सात सहेलियां’, ‘सजना के साथ मड़ईया में’, ‘लहरिया लूटऽ ए राजा जी’, ‘दुश्मनी’, ‘मैं नागिन तू नगीना’, का बाद पिछला साल ‘ट्रक ड्राईवर’, आ ‘सौगंध गंगा मईया के’ आइल. एह साल उनकर हिट फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ के एगो खास हिस्सा हमहू रहनी. आ अब ई हलकट पांडेय.

आवेवाली फिलिमन के नाम?
‘रिहाई’, ‘कसम वर्दी के’, ‘रंग दे प्यार के रंग में’, ‘दिल भईल दीवाना तोहरा प्यार में’, ‘विराज तड़ीपार’, ‘कोठा’, ‘देस परदेस’, राजाजी आई लव यू’ वगैरह.

एह सभ में त नकारात्मक भूमिके होखी ?
अब ले त बा. लोगो हमरा के एही तरह के किरदार में देखे के आदी हो चलल बा. एहसे निर्देशको अलगा तरह के भूमिका ना देस. बाकिर अब टूटे लागल बा नकारात्मकता के सीमा. ‘बीबी नं. 1’ में हम कॉमिक टच लिहले रहीं, ‘देवरा भईल दीवाना’ में बानी, आगे लोग अब नया भूमिका देबे में हिचकिचाई ना.


(शशिकांत सिहं, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up