सिनेमा भोजपुरी के दबंग निर्देशक अवनि अग्रवाल निर्माता जे एस पटेल के बनावल फिलिम “दबंग मोर बलमा” ले आवत बाड़े. एह पारिवारिक एक्शन फिलिम के अगिला महीना रिलीज कइल जाई.
एह बारे में अवनि अग्रवाल बतवले कि एह फिलिम से उनकर अनुभव बहुते शानदार रहल. प्री प्रोडक्शन से लगाइत पोस्ट प्रोडक्शन ले सगरी टेक्नीशियन बहुते बढ़िया रहलें आ कलाकारो भरपूर सहयोग दिहलें.
विराज भट्ट, मोनालिसा, अजय दीक्षित, सुरेन्द्र पाल, परी सिंघानिया, सीमा सिंह, वैभव राय, शशि भूषण सिंह, नीलिमा सिंह वगैरह मुख्य कलाकारन के एह फिलिम के गीतकार विनय बिहारी, आ संगीतकार गणेश पांडे हउवें.
(संजय भूषण पटियाला)