निर्माता हलचल सिंह अपना डांस से धूम मचवले

HalchalKiPartyमैनास प्रोडक्शन प्रा. लि. के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाईदा हमार’ के शूटिंग के पहिला शेड्यूल अबही पूरे भइल रहुवे कि निर्माता हलचल सिंह पार्टी बोला दिहलन. एह पार्टी में निर्देशक ओम प्रकाश यादव आ संगीतकार राकेश निराला के साथही सगरी कलाकार आ टेक्निशियनो शामिल भइले.

एह मौका प वइसे त सगरी कलाकार चकाचक होके आइल रहले बाकि फिलिम के हीरोइन नेहाश्री बखूबी तइयार होके आइल रही आ सभे उनका हुस्न प फिदा हो गइल रहे. आ इ खूबसूरत समां तब अउरी जम गइल जब निर्देशक ओम यादव एक्शन बोल के पार्टी में अपना फिलिम के गीत बजवा के रस भर दिहलन. हर चीज गूंजे लागल रहे आ एह माहौल में निर्माता हलचल सिंह अपना के रोक ना पवले आ लगले डांस करे. आ उनकर छरहर डांस धूम मचा दिहलसि जवना में सभे शरीक हो गइल रहे.


(दिनेश यादव)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up