नीरज यादव के हथकड़ी लागल

by | May 20, 2014 | 0 comments

NirajYadavAhira
भोजपुरी सिनेमा के अमरीश पुरी कहाए वाला खलनायक नीरज यादव के देखते रोंआ खड़ा हो जाला आ देखेवाला सोचे लागेले कि कब एकरा हथकड़ी लागी. अपना पहिलके फिलिम ‘प्रतिघात’ से चरचा में आ गइल खलनायक नीरज यादव अहिरा के लाजवाब एक्टिंग निर्देशक रविसिन्हा प्रतिघात में देखले त तुरते फोन क के नीरज के बधाई दिहलन आ कहलन कि अपना अगिला फिलिम ला साईनिंग एमाउंट लेके आवते बाड़न. आ मिलतही निर्देशक रवि सिन्हा नीरज यादव के अपना अगिला मल्टी स्टारर फिलिम ‘हथकड़ी’ ला साईन क लिहलन.

‘हथकड़ी’ में भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव का संगही नीरज यादव अहिरा के मुख्य भुमिका बा.

नीरज कहेले कि पते ना रहल कि हम बेहतरीन खलनायक हईं बाकिर जब लोग हमरा के ‘प्रतिघात’ में देखके डेराए लागल त चउँक गइलन आ कई बेर त लोग मुँहो पर गरिया दिहलन. अलग बाति बा कि उ गारी हमरा ला कवनो अवार्ड से कम ना लागल.

हथकड़ी फिलिम के निर्मात्री रेखा सिंहा कहली कि पहिले त खलनायक ला एगो अनजान नाम सुन के ना कह दिहले रही. जब नीरज से मिलली त लागल कि परदा प ई आदमी कतनो खराब लागे असल जिनिगी में त ई बहुते बढ़िया आदमी हउवन.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up