प्रीति खातिर हैदर आ विशाल में "लड़ाई" हो गंइल

by | Oct 26, 2013 | 0 comments

PritiSinghaniaभोजपुरी बिहार के भाषा ह बाकिर इक्के दुक्का अभिनेत्री बिहार के हई. ओही बिहारी अभिनेत्रियन में से एगो हई प्रीती सिंघानिया.

प्रीती हाल ही में बिहार के जहानाबाद गइल रही जहाँ उनकर सामना दु गो जिगरी दोस्त हैदर काज़मी आ विशाल तिवारी से भइल. प्रीति दुनु के अपना जाल मे अइसन फँसली कि दुनु जिगरी दोस्त एक दोसरा के जानी दुश्मन बन गइले.

अब ई मत समुझीं कि प्रीति सचहू अइसन कुछ कर दिहली. असल में सगरी मामिला फिल्मी ह. बात होखत बा प्रीति सिंघानिया के अगिला फिलिम “लड़ाई” के जेहमें ऊ हैदर आ विशाल का साथ ही अंजना सिंह आ नूरी शेख संगे स्क्रीन शेयर कइले बाड़ी. बाकी खास कलाकारन में देव, सी.पी. भट्ट, डैनी शेहरावत, बालेश्वर सिंह, सोनू झा आ माया यादव के नाम बा.

निर्देशक हउवें आनंद गहतराज आ निर्माता के के तिवारी. संगीत दिहले बाड़न अमन के. श्लोक अउर राकेश शर्मा.

प्रीति कहत बाड़ी कि ऊ हमेशा अपना किरदार पर धेयान देली. लड़ाई में आपन किरदार उनका अस नीक लागल बा कि निर्माता निर्देशक के आभार जतावत बाड़ी.

प्रोति जल्दिए कुछ हिंदीओ फिलिमन में नजर आवे वाली बाड़ी.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up