मशहूर निर्माता आ वितरक डा॰ सुनील कुमार के भोजपुरी फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ पिछला दिने बिहार में धमाकेदार रिलीज भइल. अपना डॉल्वी डिजिटल साउण्ड, शानदार कहानी आ कलाकारन के शानदार परफारमेंस क चलते ई फिलिम बिहार में कामयाब हो गइल बा.
एह फिलिम से चर्चित लोकगायक राकेश मिश्रा पहिला बेर सिनेमा के परदा पर आइल बाड़ें.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)