बरखा में रिंकू-विराज के नचवलन निहाल सिंह

by | Jun 23, 2013 | 0 comments

VirajRinku-Prathaभोजपुरी सिनेमा के मशहूर नृत्य निर्देशक आ फिल्मकार निहाल सिंह पिछला दिने वर्मा फिल्म्स एंटरटेनमेन्ट के बैनर तले बनत फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ ला एगो रोमांटिक युगल गीत के फिल्म सिटी के सुरम्य इलाका में असली बरखा में रिंकू घोष आ विराज भट्ट पर फिलिमवलें. निर्माता दिलीप वर्मा के एह फिलिम ला एह रोमांटिक गीत के प्रयोगवादी गीतकार रुस्तम घायल लिखले आ संगीतकार रहलें एन.के. नंदन. गीत के बोल रहे
‘सुन तोरी बोलिया, लजाले रे कोइलिया
बदरी में डूब मरे चांद,
अगिया लगावेले बाली रे उमरिया
मारऽ जब नैना के बान
ए चिरई तोहरे में बसेला परान।
ए चिरई तोहरे में बसेला परान।’

ढेर दिन बाद कवनो फिलिम का सेट पर लागल कि हमनी का कवो भोजपुरी दृश्य देखत बानी. बुझाता कि ‘बैरी कंगना’ क दौर वापिस ले अइहें निहाल सिंह. लेकिन, निहाल के चेहरा पर उहे मुस्कुराहट, उहे शांति, उहे सरलता. अइसन कि कवनो नया आदमी देखे त निहाले सिंह से पूछ बइठे कि एकर निर्देशक के ह? निहाल सिंह से जब पूछाइल कि एह बीच ऊ कहाँ रहलन त जवाब मिलल कि ढंग क कवनो निर्मते ना मिलत रहुवे. अब कुछउ त हम बनाएब ना. गोपी किशन क शिष्य कुछउ कइसे बना पाइत.

रिंकू-विराज का रोमांस

एह फिलिम के नायिका बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के सबले अधिका सकारल अभिनेत्री रिंकू घोष. उनकर किरदार ज़मींदार के बेटी क बा. ओही कन्या का संगे विराज भट्ट आजु बरखा में भीजत धमा चौकड़ी करत बा जेकरा सोझा कबो खड़ा होखे के हिम्मत ना रहे. नजर से नजर मिलावे के हिम्मत ना करे वाला से अपना दिल के हाल बयान करत रहली रिंकू रानी.

रिंकू वइसहूं बढ़िया नाचेली आ निहाल के निर्देशन में ई नाच अउर निखर-निखर गइल रहे. कमल जस चेहरा पर बरखा के बूनी ! अहा! रिंकू पर … जलजला ले आवे का तइयारी में रहल. विराज के मर्दानगीओ भींजल बिलाई जस रिंकू के खुशामद में उछलत रहुवे. ‘‘दुश्मनी’’ के हिट दोस्ती का बाद दुनु जने के ई पहिला मौजूदगी रहल.

निहाल सिंह ‘‘ई कईसन प्रथा’’ फिलिम से ज़रूर जता दिहलन कि बढ़िया फिलिम दौर में खोजाली सँ, बस बनाएवाला चाहीं. आ भरम में मत रहीं, अइसनका फिलिम चलबो खूब करेली सँ. निहाल सिंह सही मायने में भोजपुरी संस्कृति से जुड़ल निर्देशक हउवें. ऊ प्रतिभावान लोग के परखबो कइले बाड़न आ मौको खूब दिहले बाड़न. प्रकाश झा, आ मनोज वाजपेयी के इलाका से आइल रुस्तम घायल जब गीतकार क रूप में भाग्य आजमावे अइलन आ निहाल सिंह के आपन गीत सुनवलन तबहिए निहाल सिंह कहलन कि, तोहरा में कुछ नया बात बा आ घायल के गीत ले के उनुका के स्वस्थो बना दिहलन. रुस्तम के चार गो गीत बा ‘‘ई कईसन प्रथा’’ में. बाकीओ गीत बढ़िया बाड़ी सँ आ ओकनी के आतिश जौनपुरी लिखले बाड़न.

कुल मिला के कहीं त निहाल सिंह भोजपुरी सिनेमा के दामन पर लागल फूहड़ता के दाग धोए में लागल बाड़न आ एह कोशिश के खूबसूरती से कैमरा में उतारत बाड़न अशोक चक्रवर्ती. ई फिलिम पूर्वोत्तर भारत के एगो पुरान प्रथा का खिलाफ अलख जगावत बिया जवन औरतन के अस्मत के तमाशा सार्वजनिक रूप बनावत आइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up