भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ हॉट गर्ल मोनालिसा पर पिछला दिने मुम्बई के बसरा स्टुडियों में फिलिम ‘जंजीर’ खातिर एगो हॉट गाना फिलिमावल गइल. एह हॉट आ सेक्सी गाना खातिर निरहुआ आ मोनालिसा बरखा में जम के भींजले आ एह गाना के पूरा करवलें. निरहुआ बतावत बाड़ें कि फिलिम के ई रोमांटिक गाना दर्शकन के खूब पसंद आई.
‘जंजीर’ में निरहुआ आ मोनालिसा के जोड़ी पर एक से बढ़के एक गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा. दुनु जने के पूरा उमेद बा कि ई गीत दर्शकन के बहुते नीक लागी.
(प्रशांत निशांत)