बालेश्वर सिंह के जनमदिन शूटिंग का सेटे पर धूमधाम से मनावल गइल

by | Jul 23, 2014 | 0 comments

BaleshwarSingh-Bday
पिछला 18 जुलाई के बालेश्वर सिंह के जनमदिन रहे आ एकरा के भोजपुरी फिलिम ‘बलम रसिया’ के शूटिंग वाला सेटे पर धूमधाम से मनावल गइल. निर्देशक शिवम कुमार आ परी सिंघानिया के कम्पनी के बैनर में बनत ‘बलम रसिया’ के शूटिंग गुजरात का राजपिपला के रमणीय स्थल पर चल रहल बा. एकर नायक यश कुमार आ नायिका अंजना सिंह आ परी सिंघानिया, खलनायक संजय पाण्डेय, निर्माता दीपक शाह, समेत पूरा यूनिट का मौजूदगी में बालेश्वर सिंह के जनमदिन के केक कटाइल आ सभे बधाई दिहल. ई मौका बालेश्वर सिंह ला यादगार मौका बन गइल.

बालेश्वर सिंह नायक यश कुमार समेत सभे के तहेदिल से शुक्रिया अदा कइलन आ कहलन कि रउरा सभ से मिलल ई सरप्राइज हमरा ला जिनिगी के यादगार पल बन गइल.

लगे हाथ इहो जानत चलीं कि हालही में बिहार आ झारखण्ड में रिलीज फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ में बालेश्वर सिंह के दबंग आदाकारी सगरो सराहल जात बा. तिसरका खुशखबरी बालेश्वर सिंह ला ई बा कि उनकर फिलिम ‘गरदा’ यूपी आ मुंबई में सफलता के गरदा उड़ावत बिया.


(रामचंद्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up