pub-4188398704664586

भगीना का चलते मामा पहिला बेर ओकर ननिहाल देखलें

by | Dec 3, 2010 | 0 comments


का कवनो मामा अपना भगीना के ननिहाल पहिला बेर देख सकेला ? भला ई कइसे ? ननिहाल त मामा के घरे के नू कहल जाला. बाकिर भगीना विनय आनन्द आ मामा गोविन्दा का मामिला में इहे भइल. अपना भगीना विनय आनन्द के “ननिहाल” देखे खातिर गोविन्दा के आवहीं के पड़ल.

अबले त रउरा जरुरे समुझ गइल होखब कि बात भोजपुरी फिल्म “ननिहाल” के हो रहल बा जवना के नायक बाड़े विनय आनन्द आ उनका जिद्द पर गोविन्दा “ननिहाल” के फर्स्ट लुक शो देखे खातिर अइलें. फिल्म देखत घरी गोविन्दा के आँख कई बेर नम भइल त कई बेर ऊ ठहाको लगावे पर मजबूर हो गइलें. फिल्म के फर्स्ट लुक देखि के गोविन्दा विनय आनन्द के अभिनय, नृत्य, आ एक्शन के खूब बड़ाई कइलें. गोविन्दा का साथ आपने फिल्म देख के विनयो आनन्द रोमांचित रहलें आ कहलें कि ऊ अपना मामा से बहुते कुछ सिखले बाड़े आ उनका साथे हिन्दी फिल्म “आमदनी अठन्नी खर्चा रुपैया” में काम कर के ऊ आह्लादित रहलें. आ अब उनका साथे बइठ के ननिहाल देखलो विनय आनन्द खातिर खुशी के बात रहुवे.

“ननिहाल” के शूटिंग बनारस आ मुंबई मै भइल बा. फिल्म अब रिलीज खातिर तइयार बिया.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586