भोजपुरिया परदा के नया सितारा विराज भट्ट

by | Nov 2, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के सफल नायकन के नाम लिहल जाव त लोकेगायकन के नाम जुबान पर आई. बाकिर आजुकाल्हु लोकगायकन से अलग एगो अउरी सितारा चमक रहल बा जवना के नाम हऽ विराज भट्ट. विराज भट्ट नेपाली सिनेमा के सुपर स्टार हउवें आ अब भोजपुरिओ सिनेमा में उनकर हैसियत स्टार वाली हो गइल बा.

विराज भट्ट के फिल्मन के बाक्स आफिस पर मिल रहल सफलता से वितरक आ निर्माता लोग के चेहरा दमकत बा. सुडौल काया आ बलिष्ठ शरीर के धनी विराज के भोजपुरी सिनेमा के राह निर्माता रामाकान्त प्रसाद अपना फिल्म “लागल रहा ए राजाजी” से देखवलें. एह फिल्म में विराज के लाजवाब अदाकारी आ हैरत अंगेज सीन देखि के सभे उनकर दिवान बन गइल. ओकरा बाद ऊ फेरु रामाकांते प्रसाद के फिल्म “दिवाना” आ “दाग” ओ में अइलें जवन ब्लॉकबस्टर साबित भइली सँ.

विराज भट्ट के सफल फिल्मन में शामिल “हम हईं हीरो हिन्दुस्तानी, जंजीर, जाबांज, जिगरवाला” का बाद “दामिनी” से मिलल सफलता एतिहासिक रहल. दामिनी करोड़ो के बिजनेस कइलस आ अबहियो ओकर कमाई जारी बा. भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार का रुप में जगह बना चुकल विराज भट्ट के झोली फिल्मन से ठसाठस भरल बा. उनकर फिल्म “आ जा ओढ़निया तान के” रिलीज खातिर तइयार बा त “दुश्मन” के शूटिंग चालू बा. “दिलजले” आ “होत बा जवानी जियान ए राजाजी” जल्दिये फ्लोर पर जाये वाली बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up