‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम ‘चेन्नई राइन्स’ के हरवलसि

सीसीएल में ‘भोजपुरी दबंग’ के सफलता से दुनिया भर में मौजूद करोड़ों भोजपुरियन में खुशी के लहर

dabangAdityaसीसीएल में पहिला बेर शामिल भइल भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ शनिचर क दिने अपना पहिलके मैच में तमिल सितारन के क्रिकेट टीम ‘चेन्नई राइन्स’ के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आ जानल मानल उद्योगपति आनन्द बिहारी यादव (अम्बिका समूह) के मलिकाई वाली ‘भोजपुरी दबंग’ टीम कोच्चि में भइल एह मैच में रन के बरसात कर दिहलसि. कप्तान मनोज तिवारी सिर्फ आठ रन आ उपकप्तान दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ सिर्फ दसे रन बना पवले. बाकिर आदित्य ओझा अउर उत्तम तिवारी रन बरसा दिहले.

पहिले बल्लेबाजी करे उतरल ‘चेन्नई राइन्स’ ‘भोजपुरी दबंग’ के गेदबाजन के जम के धुलाई कइलसि. बल्लेबाजी करत निरहुआ आखिरी ओवर में तीस गो रन दे दिहलें आ चेन्नई राइन्स बीस औवर में तीन विकेट के नुकसान पर 186 रन के बड़हन स्कोर खड़ा कर दिहलें. एह स्कोर के मुकाबला करे उतरल भोजपुरी दबंग के ओपनर प्रवेश लाल बिना कवनो रन बनवले आउट हो गइलें. उनका बाद आइल अजय शर्मा शुरुए में दबंगई देखवलें बाकिर मनोज तिवारी के आउट भइला का बाद उहो पचीस रन बना के आउट हो गइलन. ओकरा बाद आदित्य ओझा धुंआधार 86 रन आ उत्तम तिवारी शानदार 49 रन बनवलें. एह लोग के बल्लेबाजी के बदौलत आदित्य के विनिंग शॉट का साथ भोजपुरी दबंग टीम आपन जीत के निशान पार कर गइल.

आदित्य ओझा के मैन आफ द मैच बनावल गइल. एह मैच से कमजोर समुझल जात भोजपुरी दबंग टीम के दबंगई देख सभे दंग रह गइल.


(शशिकांत सिंह आ उदय भगत के रपट से)

Loading

One thought on “‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम ‘चेन्नई राइन्स’ के हरवलसि”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up