कुशांक फिल्मस के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘‘विराज तड़ीपार’’ से भोजपुरी परदा पर एगो अउरी अभिनेता परदार पर आपन एंट्री मारत बाड़न. निर्माता नमिता आ निर्देशक अजय सूद के एह फिलिम से नवोदित पिंगाक्ष अजय एंट्री लेत बाड़न. एहसे पहिले पिंगाक्ष अजय हिन्दी फिल्म ‘‘माय टारगेट आई. ए. एस.’’ से हिन्दी पर्दे पर आ चुकल बाड़न. विराज तड़ीपार में अजय आ विराज दू गो नायक बाड़े. अजय के शानदार एक्शन दर्शक देखीहें एह फिलिम में. फिलिम में अजय के नायिका बाड़ी दिव्या द्विवेदी आ साथ में काजल राघानी, प्रिया शर्मा, राकेश पुजारा, संजय वर्मा आ संजय पाण्डेय वगैरहो बाड़ें.
सह-निर्देशक धनंजय तिवारी, संवाद लेखक माधव निराला, अउर संगीतकार छोटे बाबा हउवन.
(प्रशांत निशांत)