भोजपुरी सिनेमा के खबर लेत भोजपुरी पंचायत के अगस्त २०१३ वाला अंक

by | Aug 7, 2013 | 2 comments

bhoj-pancha-aug13भोजपुरी पंचायत अगस्त २०१३ के अंक पिछलके हफ्ता आ गइल रहुवे हमरा मेलबाक्स में बाकिर कुछ अउरी काम में अझुराइल रहला का चलते अकर जानकारी देबे में तनी देर हो गइल बा. अबले के जवन हमार अनुभव रहल बा तवना हिसाब से भोजपुरी पंचायत के प्रकाशन नियमित होत आवत बा. शायद एकर सबले बड़का कारण बा कि ई भोजपुरी में ना होके भोजपुरिया लोगन के हिंदी पत्रिका हिय. हमेशा का तरह आजुओ हम एह पत्रिका में प्रकाशित भोजपुरी सामग्रिए के चरचा करब आ एह दिसाईं मौजूदा राजनीति पर तंज कसत प्रभाकर पाण्डेय के लेख “…करऽ हड़ताल मोरे बबुआ” नीक लागल. सवाद अउरी बढ़िया रहल रहीत अगर अंत में उपदेशात्मक उपसंहार ना भइल रहीत. एकरा बाद आगा बढ़नी त पटना में पिछला महीना भइल अंतर्राष्ट्रीय महोत्सव के जानकारी वाला लेख खास कर के एहला सूचनापरक लागल कि एहमें सगरी सम्मानित लोगन का बारे में थोड़ बहुत जानकारी दिहल गइल बा. रोहतास के डेढ़गाँव में जनमल चित्रकार आ लेखको भुनेश्वर भास्कर के परिचय बतावत ओमप्रकाश अमृतांशु के लेख भोजपुरी में पढ़ के बढ़िया लागल. ना त भोजपुरी के महारथीओ लोग के साक्षात्कार पिछला बेरी हिंदीए में छपल रहुवे. अबकीओ का अंक में बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष डा॰ रविकांन्त दूबे कुछ भोजपुरी किताबन का बारे में जानकारी दिहले बानी. उहाँ के लिखल लेख अउरी प्रशंसनीय रहीत अगर उहाँके खुद का कार्यकाल में बिहार भोजपुरी अकादमी से प्रकाशित साहित्य, पत्रिका भा किताबन के जानकारी दिहल रहीत. बाबा का दुअरा हथिसार रहुवे से अधिका जरूरी बा अपना गराज में खड़ा गाड़ी मोटरसाइकिल का बारे में बतियावल. मारीशस के साहित्यकार धनराज शंभु के कविता नीक लागल. आगहूं उमेद करब कि विदेश में भोजपुरी के सिरजनहार लोग के रचना मिलत रही पढ़े गुने ला. भोजपुरी के मशहूर आ बहुचर्चित गीतकार आ गवइया महेन्दर मिसिर का बारे में लेखो छपल बा अबकी का अंक में.

भोजपुरी सिनेमा से मिलल प्रशंसापरक पीआर मेटेरियल का अलावे मधूप कुमार आ हेमन्त सम्राट के लिखल खबर खास कर के खास लागल कि जरूरी बा कि भोजपुरी सिनेमा के खाली खबरे ना दिहल जाव, ओकर खबरो लिहल जाव. काहे कि अब अगर भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री पर दया देखावल गइल त मामिला अउरी बिगड़ जाई. उमीद कइल जाव कि एह तरह के अउरीओ जानकारी अगिला अंकन में मिलल करी.

– संपादक, अँजोरिया समूह

Loading

2 Comments

  1. OP_Singh

    अमृतांशु जी, गलती देखावे ला धन्यवाद. गलती सुधारियो दिहले बानी.

  2. omprakash amritanshu

    संपादक जी नमस्कार ,
    भोजपुरी पंचायत के समीक्षा नीमन लागल .एगो चुक हो गइल बा -” आरा के बड़गाँवा ” के जगह पर “रोहतास के डेढ़ गाँव ” होई .

Leave a Reply to OP_Singh

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up