भोजपुरी सिनेमा के नया सितारा – राजेश सिंह

by | Nov 10, 2013 | 0 comments

RajeshSinghभोजपुरी सिनेमा में एगो नया सितारा राजेश सिंह के इन्ट्री हो गइल बा. मुजफ्फरपुर के राजेश सिंह बचपने से रंगमंच से जुड़ल बाड़े. आपन प्रतिभा निखारे ला उ दिल्ली में थियेटर करे लगले. ओहिजे राजेश सिंह के पहिला बेर फिलिम में काम करे के मौका मिलल आ फिलिम रहल अमिर खान अभिनीत “1947 Earth”.

राजेश सिंह बतौर एक्टर टेलीफिल्म “दरार” कइलन. अपना कैरियर ला आ कुछ बढ़िया करे के चाहत राजेश के बेर बेर मुंबई आवे प मजबूर कइलसि बाकिर मुम्बई में उनका अपना मन के मुकाम ना मिल सकल त मुजफ्फरपुर लवटि अइलन आ एहीजे रहि के थियेटर, नाटक, एलबम, टेलीफिल्म करे लगले.

टीवी के आपन प्रेरणा स्त्रोत मानेवाला राजेश सिंह के आदर्श गोविन्दा हउवें, जिनका के देख देख के उ डांस सिखले आ फाइटो के ट्रेनिंग लिहले. एह सब में परिवारो के पूरा सहयोग मिलल.

राजेश सिंह के चाहत बा कि समाज खातिर कुछ ओइसन फिलिम करसु जवना से समाज में उनकर बढ़िया पहचान बनें. जइसन फिलिम राजश्री प्रोडक्शन के होखत रहे वइसने फिलिम से जुड़े के मौका मिलो.

राजेश अब वइसने फिलिम से आपन कैरियर शुरू करे जात बाड़े. ई उनकर पहिला भोजपुरी फिलिम ह आ अमित मुन्ना के निर्देशन में बनत बा. एह फिलिम के नाम हवे “विवाद” आ एकरा के परोसीहें नारायण बाबा.

देखल जाव कि एह फिलिम से राजेश सिंह के सपना कतना पूरा होखत बा आ उ कइसन फिलिम समाज का सोझा राखत बाड़े.


(कुन्दन राज)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up