pub-4188398704664586

भोजपुरी सिनेमा से

by | Jul 27, 2010 | 0 comments

मनोज वर्मा आपन सपना साँच करे में लाग गइले

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल अभिनेता मनोज वर्मा अब फिल्म निर्माण का काम में लाग गइल बाड़े आ पहिलका फिल्म के नाम रखले बाड़े सपनवा साँच भइल हमार. ई फिल्म पिछला २३ जुलाई के बिहार का सिनेमाघर में लाग गइल बा. जे एस के फिल्म्स का बैनर में हमेलता वर्मा आ मनोज वर्मा एकर निर्माण कइले बाड़े. फिल्म में एगो किसान परिवार के कहानी सादगी बाकिर खूबसूरती का साथ कहल गइल बा.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


बिपिन बहार बनले संगीतकार

भोजपुरी फिल्मन के जानल मानल गीतकार बिपिन बहार अब संगीत निर्देशनो कइल शुरु कर दिहले बाड़न. पिछला दिने मारुती क्रियेशन का बैनर में बने वाली निर्माता रमण पचौरी आ आभा सिंह के फिल्म करेंट मारे गोरिया के गाना के संगीत बिपिन बहारे दिहलन आ गवले मशहूर गायक उदित नारायण.

एह मौका पर छोटका परदा के मशहूर निर्देशक मनोज सिंह समेत फिल्म जगत के बहुते गणमान्य लोग मौजूद रहुवे.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


ब्रजेश त्रिपाठी यमराज का भूमिका में

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर चरित्र अभिनेता ब्रजेश त्रिपाठी अब भोजपुरी फिल्म दिल में यमराज के भूमिका कर रहल बाड़े. यमराज के ई दृश्य फिल्म का क्लाइमेक्स में बा. फिल्म के निर्देशक एम आई राज के कहना बा कि ई यमराज काहे आइल आ फिल्म में ओकर का महत्ता बा ई रहस्य राखल बा जवन फिल्मे में पता चली.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


प्रवेशलाल चुनिन्दे फिल्म करेले

भोजपुरी के युवा स्टार प्रवेशलाल यादव के कहना बा कि एगो बढ़िया टीमे, जवना में बैनर, निर्देशक, आ पटकथा सब शामिल होला, कवनो फिल्म के सफलता के गारण्टी होला. एही चलते ऊ चुनले फिल्म करेले आ आगहू अइसने करत रहीहें.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586