भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी खातिर यादव पान भण्डार एगो खास फिल्म बा काहे कि एहमें ऊ पहिला बेर कवनो पान वाला के किरदार में बाड़े. उनकर नायिका बाड़ी गुंजन पंत. फिल्म के निर्माण पायल दुबे कर रहल बाड़ी आ प्रस्तोता रहीहें जितेश दूबे. अजय कुमार का निर्देशन में बने जा रहल एह फिल्म में देखावल जाई कि कइसे एगो पनवाड़ी अपना जिनिगी के झंझावात झेलत बा.
मनोज तिवारी आ गुंजन पंत के जोड़ी पहिला बेर बनल बा कवनो फिल्म में. कहली कि मनोज तिवारी जी का साथे काम कर के बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल. एक से बढ़ के एक वास्तविक आ खूबसूरत लोकेशन पर फिल्म शूट हो रहल बा. जितेश दूबे एह फिल्म में मनोज तिवारी के अभिनय कौशल से बहुते खुश बाड़े. जितेश दूबे एहसे पहिले भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिल्मधर्मवीर, मुन्नीबाई नौटंकीवाली आ बृजवा बना चुकल बाड़े. भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन, गुंजन पंत आ दीपक दूबे का साथ उनकर फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली के शूटिंग पूरा हो गइल बा.
यादव पान भंडार में मनोज आ गुंजन का साथे दीपक दूबे, बृजेश त्रिपाठी, आ सीमा सिहं के बड़हन भूमिका बा. गीत श्याम देहाती के, संगीत मधुकर आनन्द के, आ एक्शन डायरेक्शन शकील शेख के बा.
स्रोत : शशिकान्त सिहं, रंजन सिन्हा
0 Comments