मनोज तिवारी आ असलम शेख फेरू एक साथ

by | Aug 12, 2014 | 0 comments

ImtiazAslam
सात बरीस बाद मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर निर्देशक असलम शेख के हिट जोड़ी फेरू एक साथ फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ में काम कइले बाड़े. एह जोड़ी के फिलिम बंधन टूटे ना, प्यार के बंधन, धरती कहे पुकार के, जनम जनम के साथ वगैरह दर्जनो फिलिम आजुओ भोजपुरी फिलिम देखे वालन के जेहन में मौजूद बा.

‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम का बारे में बतावत असलम शेख के कहना बा कि एह घरी उ कई एक फिलिमन ला काम करत बाड़े आ उनुकर अगिलो फिलिम मनोजे तिवारी का साथे बा. एकर शूटिंग नवंबर २०१४ में शुरू होखी. कहलन कि हमेशा से पारिवारिक फिलिम बनावत आइल बाड़न आ दर्शकन का मांग पर अबकी ‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम बनवले बाड़न. एहमें बहुते अइसन सीन बा जवना के देख दर्शक अचकचा जइहें.

‘औरत खिलौना नहीं’ के निर्माण आर.ए.आए.एस ३९ फिल्म्स के बैनर में अविनाश अरोड़ा आ मोहम्मद असलम कइले बाड़न. परोसले बाड़े शंकर अरोड़ा.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, इम्तियाज़ असलम, मोनलिसा, मोहिनी घोष, शैलेश सिन्हा, संभावना सेठ, अयाज़ खान, अवधेश मिश्रा वगैरह नजर अइहें. एह फिलिम से इम्तियाज़ असलम अपना अभिनय करिअर के शुरुआत करत बाड़न. इम्तियाज़ निर्देशक असलम शेख के बेटा हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up