सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी बीतला साल 2012 में मोबाइल फोन पर सबले अधिका डाउनलोड कइल जाए वाला भोजपुरी सेलिब्रेटी रहलें. फोटोग्राफो डाउनलोड होखे क श्रेणी में मनोज तिवारी लगातार टॉप पर बाड़न. वॉल पेपर डाउनलोडो में मनोज तिवारी अव्वल रहले.
आ एह डाउनलोड करे वालन में बिहारे यूपी के लोग ना रहल बलुक पूरा देश के लोग रहल. मनोज तिवारी के गावल गाना ‘जिया ए बिहार के लाला…’ त खूबे डाउनलोड भइल.
(शशिकांत सिंह)