मनोज द्विवेदी के कट्टा चलिए गइल दुपट्टा पर

by | Apr 25, 2014 | 0 comments

ManojDwivedi
अभिनेता मनोज द्विवेदी एगो सफल अभिनेता का संगही संग बढ़िया मनईओ हउवन. जवने काम करेले बहुते सोच विचार के आ बढ़िया से.

मनोज द्विवेदी हर किरदार के बढ़िया से कर देखावेले. मनोज आपन कैरियर ‘गंगा मिले सागर से’ फिलिम में नकारात्मक किरदार से शुरू कइलन बाकिर दोसरकिए फिलिम मशहूर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के ‘कंगना खनके पिया के अंगना’ में अभिनेता विनय आनंद के साथ बतौर नायक आपन हाजिरी दर्ज करा दिहलन. तब से ले के अबले सकारात्मक, नकारात्मक, नायक, सहनायक आ कामेडियन हर तरह के किरदार रूपहला परदा पर जी लिहले बाड़न.

हाल ही में बिहार, मुंबई आ गुजरात में सफलता से रिलीज एम आई राज निर्देशित फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ में बतौर नायक मनोज द्विवेदी अपना ड्रीम गर्ल के खोजत दर्शकन के मन मोह लिहलन. राखी सावंत आ कपूर के बनावल एह फिलिम में मनोज के ड्रीम गर्ल अभिनेत्री श्री कनकनी बनल बाड़ी. साथ में बाड़न रवि किशन, पवन सिंह, शुभी शर्मा, शहबाज़ खान, माया यादव अउर बृजेश त्रिपाठी.


(रामचंद्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up