“प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” के निर्देशक महमूद आलम अब अपना अगिला फिलिम “प्यार होके रही” से फेर सक्रिय भइल बाड़न. .एम् डी वी मोशन पिक्चर्स आ ए,डी आर एस फिल्म्स के बैनर तले बनत निर्माता प्रवीण कुमार के एह फिलिम में मनोज पाण्डेय आ मोनालिसा के रोमांटिक जोड़ी बा. साथे नजर अइहें निखिल राज उर्फ़ भौकाल सिंह, प्रकाश जैस, किरण यादव, तेज़ बहादुर, दिलीप सिन्हा अउर अश्विनी वगैरह,
निर्देशक महमूद आलम बतावत बाड़ें कि ई एगो इंटेंस लव स्टोरी ह, जवना मे मुहब्बत के दीवानगी म्यूजिकल अंदाज़ में परोसल जाई. एह फिलिम ला जाहिद अख्तर के गीतन के सुर से सजवले बाड़ें मधुकर आनंद.
शूटिंग ५ जून से गोरखपुर आ कुशीनगर के लोकेशन पर शुरू होखी. .
(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)