मराठी कलाकारन के रोटी के जुगाड़ बनल भोजपुरी सिनेमा

by | Apr 3, 2010 | 1 comment

Shashikant Singh, Film P.R.O.राज ठाकरे भलही मुंबई में भोजपुरी के विरोध करस आ ओहिजा से भोजपुरिया लोगन के भगावे के कोशिश करस सच्चाई त इ बा कि आजु भोजपुरी सिनेमा कई मराठी कलाकारन आ तकनीशियन के रोजी रोटी के जुगाड़ करा रहल बा. वर्षा उसगाँवकर, सदाशिव अमरापुरकर, मिलिंद गुणाजी, आ मोहन जोशी जइसन अनेके कलाकारन के मराठी से बेसी सहारा भोजपुरी सिनेमा से मिल रहल बा.

जानल मानल फिल्म प्रचारक शशिकान्त सिंह अनौपचारिक बात में बतवलन कि दू सौ करोड़ रुपिया के टर्न ओवर वाली भोजपुरी फिल्मोद्योग के सफलता देख मराठी फिल्म जगत भकुआइल बा. मराठी सिनेमा देखावेवाला कई गो थियेटर बन्दी का कगार खड़ा होखला का बाद भोजपुरी सिनेमा देखा के फेर से खड़ा हो गइल बाड़े. करीब चार दर्जन भोजपुरी फिल्मन के प्रचार के कमान थाम चुकल शशिकान्त सिंह कहलें कि अब मराठिये निर्माता ना साउथो के निर्माता लोग भोजपुरी फिलिम बनावल शुरु कर दिहले बा. मराठी निर्माता दीपक सावंत, अमर देवगणे आ दक्खिन के डी॰रामानायडू, बी सुब्बा रेड्डी अभ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर स्टार दिनेशलाल निरहुआ के ले के भोजपुरी आ तेलुगु में फिल्म बना रहल बाड़े.

शशिकान्त सिंह इहो बतवलन कि मुंबई में जहाँ बड़ हिन्दी फिल्मन के मुहुर्त होखल करीब करीब बन्द बा, ओहिजे सुबाष घई, एन एन सिप्पी, के सी बोकाडिया जइसन नामचीन निर्माता अब भोजपुरी फिल्म बनावल शुरु कर दिहले बाड़न आ मुंबई में हर हफ्ता नाहियो त दस गो भोजपुरी फिल्मन के मुहुर्त हो रहल बा.

Loading

1 Comment

  1. sanjay singh

    sirf prachaar paane ke liye galat tathya dene ke kaaran hi bhojpuri film jagat ka nuksaan ho raha hai
    main isme sudhar karna chahunga
    1) Bhojpuri ka turn Over aapne 200 karod likha hai
    sahi ye hai—– Bhojpuri mein salaana 50 se bhi kam filme banti hai.. inme se 15 filmo ka budgat 2 karor se neeche aur baaki ka ek karor se neeche hai.
    2) Bombay mein usi thiyetar mein bhojpuri filme lagti hai jahan pahle gandi filme chalti thi.
    3)Varsha usgaonkar ne maatra ek, Milind Guna ji ne 3, Sadashiv Amrapurkar ne 2 aur Mohan joshi ne 7 bhojpuri filmo mein kaam kiya hai.
    4) Shashikant Singh mumbai ki media mein galat news chaapne ke liye hi jaane jaate hain. A) Manoj Tiwari ke farji stamp B) BHojpuria elevan I.P.L. mein C) Manoj Tiwari Telgu Film Me ? ( Ye bhi galat News hai)

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up