pub-4188398704664586

मार्च में ‘रानी चली ससुराल’

by | Mar 4, 2013 | 0 comments

Rani-Sanjay-RaniChaliSasuralजानल मानल फिल्म फाइनेंस कम्पनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ जानल मानल फिल्मकार महेश पांडे अउर निर्देशक मुकेश पांडे के भोजपुरी फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ के एह महीना पूरा भारत में एके साथ रिलीज कइल जाई. मुंबाजी आर्ट्स के बैनर तले बनल एह फिलिम में अभिनेता मनमोहन तिवारी आ चर्चित अभिनेत्री रानी चटर्जी के बीच के लव केमेस्ट्री, कॉमेडी आ एक्शन पंच देखे के मिली. मनमोहन तिवारी के एह फिलिम से लांच कइल जात बा.

मनमोहन तिवारी के कहना बा कि अपना पहिलके फिलिम में एतना बड़ बैनर, बड़हन बड़हन निर्माता, निर्देशक आ टॉप नायिका रानी चटर्जी के साथ मिलल बहुते खुशी के बात बा.

एह फिलिम में संजय पांडे के जबरदस्त खलनायकी से लोग के सांस टँगा जाई त मनोज टाईगर के हँसवला से लोग लोट पोट हो जाई. अउरी कलाकारन में विकास सिंह, विजय मिश्रा, अमृतलाल प्रजापति (किट्टू), मनोज वर्मा, लल्लन सिंह, जय सिंह, भोला श्रीवास्तव अउर प्रियां पांडे के नाम बा.

‘रानी चली ससुराल’ के संवाद मधु-निराला के लिखल, एक्शन डायरेक्शन सिंह इज किंग के, नृत्य निर्देशन बाली के, संगीत सुरेश आनन्द के, कला अंजनी तिवारी के, कैमरा संचालन मिहिर मिहिंदर के, गीत विनय बिहारी के लिखल, संपादन चिराग जैन के बा. ऑन लाईन प्रोड्यूसर हउवें निलाभ तिवारी.


(शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586