श्री पद्मावती पिक्चर्स एवं इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एक्शन कॉमेडी फिलिम ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ एह शुक के मुम्बई में रिलीज होखे जात बा. निर्माता अनिल सिनकर के एह फिलिम के लेखक आ निर्देशक बालजीत सिंह हउवन. गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा अउर फणीन्द्र राव आ संगीतकार छोटे बाबा हउवें.
कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, मनोज द्विवेदी, सुप्रेरणा सिंह, मोनिका सिंह, संजय पाण्डेय, माया यादव, गोपाल राय, श्रद्धा, नवल, भानू पाण्डेय आ आईटम गर्ल कविता अउर अन्नू कश्यप के खास भूमिका बा.
निर्माता अनिल सिनकर आ निर्देशक बालजीत सिंह के कहना बा कि ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ में भोजपुरिया दर्शकन के कुछ नया देखे के मिली. दू भाईयन का इर्दगिर्द घूमत एह फिलिम में सामाजिक, हास्य आ पारिवारिक माहौल देखे के मिली.
(शशिकांत सिंह)