pub-4188398704664586

मुंबई में शोला शबनम के प्रीमियर पर दर्शक ख़ुश

by | Aug 12, 2014 | 0 comments

for-SholaShabanam
शिवजी आर नारायण निर्देशित फिलिम ‘शोला शबनम’ बिहार आ झारखण्ड में लगातार कई सप्ताह के शानदार प्रदर्शन का बाद ईद का मौका पर मुंबई आ गुजरात में रिलीज कइल गइल,
एह फिलिम के मुंबई में प्रीमियर नवरंग सिनेमाहाल में भइल आ फिलिम देखे वाला दर्शक अपना बीचे फिलिम के कलाकारन के देख बहुते खुश भइलें.

जान जाईं कि भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, नितिन सिंह आ तनुश्री के केन्द्रीय भूमिका वाली ई फिलिम मुंबई आ गुजरातो में सफलता के परचम लहरावत बिया. एकर संगीत त पहिलहीं से हिट हो चुकल बा आ एकरे फायदा फिलिम के मिलत बा.

शिव पुत्रा फिल्म्स के बनावल एह फिलिम के सह निर्माता रवि सिंह आ अथर्व गुप्ता, मनोज कुशवाहा, संगीतकार दिलीप सेन आ बिपिन बहार, गीतकार कृष्णा बेदर्दी, छायाकार हीरा सरोज, संकलनकर्ता गोविन्द दूबे, आ मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव हउवें.

मुख्य कलाकार बाड़े खेसारी लाल यादव, नितिन सिंह, रंजीत सिंह, तनुश्री, बबली खान, अनूप अरोरा, पुष्पा शुक्ला, प्रेम दूबे, अज़ाद सिंह आ गिरीश शर्मा वगैरह.


(रामचन्द्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586