रविकिशन – चार सप्ताह चार फिल्म

by | Jun 19, 2010 | 0 comments

कवनो फिल्म जगत में शायदे कभी भइल होखी कि कवनो एक अभिनेता के फिल्म लगातार चार सप्ताह तक हर शुक्रवार के रिलीज़ भइल होखे. बाकिर भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का साथ अइसने होखे जा रहल बा.

एह शुक्रवार यानी १८ जून के उनकर फिल्म रावण का रिलीज से रवि किशन एकर शुरुआत कर दिहले बाड़न. हालांकि रावण में रवि किशन मुख्य भूमिका में नइखन बाकिर उनकर भूमिका काफी दमदार बा. अगिला शुक्रवार यानी २५ जून के श्याम परवानी प्रस्तुति आ केडी निर्देशित फिल्म बलिदान रिलीज़ हो रहल बा. एह फिल्म में जैकी श्रोफ का साथे नयका अभिनेता राजीव दिनकर, आ रिंकू घोष मुख्य भूमिका में बाड़े. फेर २ जुलाई के रिलीज़ हो रहल बा कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल भइल भोजपुरी के पहिला फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में. एह फिल्म के निर्माण कइले बा अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स आ निर्देशित कइले बाड़न धीरज कुमार. रविकिशन के अगिला रिलीज़ होई श्रीमती रमा देवी प्रोडक्शन के अनिल सिंह निर्मित आ बबलू सोनी निर्देशित फिल्म सत्यमेव जयते. बिहार पुलिस के मनोबल बढावे वाली एह फिल्म में अनुपम श्याम, ब्रृजेश त्रिपाठी आ नवोदित अक्षरा मुख्य भूमिका में बावे लोग.

एह तरह लगातार चार सप्ताह तक हर शुक्रवार बॉक्स ऑफिस पर आपन मौजूदगी दर्शा के रविकिशन एगो रिकार्ड कायम कइले बाड़न.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up