pub-4188398704664586

रानी के तिकड़ी

by | Jun 30, 2013 | 0 comments

RaniChatterjeeसिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी एह साल 2013 में बॉक्स ऑफिस पर हिट फिलिमन के तिकड़ी बना लिहले बाड़ी. उनकर तीन गो लगातार फिलिन हिट भइल बाड़ी सँ. पहिलका फिलिम रहुवे रविकिशन संगे ‘साली बड़ी सतावेली’, दुसरकी फिलिम रहल ‘शेरनी’ जवन बिहार में लगातार चार हफ्ता चलल आ दोसर बड़की आ स्टार वाली फिलिमो से बढ़िया कारोबार कइलसि, आ तिसरकी रहल ‘प्रेम दीवानी’. एह फिलिम में रानी निगेटिव किरदार में लउकली आ तबहियो दर्शकन से खूब सराहल गइली,

अपना सफलता के एह तिकड़ी से रानी खूब खुश बाड़ी, उनकर हालिया रिलीज ‘दम’ फिलिमो बढ़िया ओपनिंग से शूरू भइल बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586