रानी चटर्जी शूटिंग का दौरान घवाहिल

by | Apr 1, 2010 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म साँवरिया आई लव यू का बनारस में हो रहल शूटिंग का दौरान चर्चित अदाकारा रानी चटर्जी घवाहिल हो गइली. सीन का अनुसार बाल्टी में भरल रंग फेंके का दौरान बाल्टिये फेंका गइल आ रानी के माथ फोड़ दिहलस. तुरते उनका के बगल के एगो प्राइवेट अस्पताल ले जाके मरहम पट्टी करवावल गइल आ लवटि के रानी चटर्जी ओह सीन के पूरो कर दिहली.

Rani Chaterjee with Vinay Anand

निर्माता शंभू पांडे आ सीबी त्रिपाठी के एह फिल्म में रानी के नायक बाड़न सुपर स्टार विनय आनन्द. रानी के अस्पताल ले जाये में उनकर तेजी देखले बनत रहे. निर्देशक रामपाल सिंह कहलें कि रानी वाकई दिलेर बाड़ी. बतावत चलीं कि रानी भोजपुरी सिनेमा के अइसन अदाकारा हई जे फिल्म दिमाग से बेसी दिल से करेली. एही महीना मुंबई में रीना एस पासी के बनावल फिल्म भईया के ससुरारी में रिलीज होखे जा रहल बा जवना में रानी के अदाकारी जलजला ले आ दी. राजकुमार आर पांडे निर्देशित एह फिल्म में रानी के नायक बारे बिरहा सम्राट विजय लाल यादव. रानी के एगो अउरी फिल्म पायल ओ बन के तइयार बिया जवना के निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह, निर्देशक नंद किशोर महतो आ नायक विक्रांत सिंह बाड़न जा.

कहल जा रहल बा कि एह तीनो फिल्म से रानी के कैरियर अउरी ऊँचाई ध ली.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up