pub-4188398704664586

शुरू भइल ‘लतखोर’

by | Apr 12, 2014 | 0 comments

latkhorअभिषेक फिलिम प्रोडक्शन के फिलिम ‘लतखोर’ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के जीपट्रैक स्टुडियो में गाना रिकार्डिंग क के कइल गइल.

निर्माता अभिषेक कुमार के एह फिलिम के निर्देशन अजय श्रीवास्तव करत बाड़न. फिलिम में सुपरस्टार खेसारीलाल, मोनालिसा, अक्षय श्रीवास्तव, सोनाक्षी सिंह, गौरी शंकर, सीमा सिंह आ राज प्रेमी के प्रमुख भूमिका बा.

फिलिम के गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश-रजनीश, कहानीकार अजय श्रीवास्तव, पटकथा लेखक अजय श्रीवास्तव, सुरेन्द्र मिश्रा आ नन्हे पाण्डेय, संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, अउर एडिटर जीतेन्द्र सिंह जीतू हउवें.

निर्देशक अजय श्रीवास्तव बतावत बाड़न कि ‘लतखोर’ दू गो अइसन लड़िकन के कहानी ह जवनन के समाज खोटा सिक्का समझत बा बाकिर ऊ अपना के कइसे लायक साबित कर देत बाड़ें.

फिलिम अगिला महीना फ्लोर पर जाई.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586