pub-4188398704664586

‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के प्रमोशन सगरी बिहार में जोर शोर से

by | Jul 12, 2014 | 0 comments

SajnaMangiya-publicity
ढेर दिन बाद ‘यू’ सर्टिफिकेट पावे वाला भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के प्रमोशन सगरी बिहार में जोर शोर से कइल जा रहल बा.

एह पारिवारिक आ महिला प्रधान फिलिम का बारे में लोगन के बतावत फिलिम के प्रचार गाड़ी सगरी बिहार में फेरा लगावत बिया. फिलिम के प्रचार गाड़ी प लागल पोस्टर देख के लोग बहुते चाव से इन्तजार करे लागल बा फिलिम के रिलीज होखे के.

निर्माता हलचल सिंह के पूरा उमेद बा कि उनकर बनावल ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा के दशा दिशा बदले के काम करी. ओम प्रकाश यादव (ओम जी) के कुशल निर्देशन से फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा.

मुख्य कलाकार बाड़े अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहा श्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप, आ सुरेन्द्र पाल वगैरह.


(रामचंद्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586