“सबसे बड़ा आशिक” के भव्य मुहूर्त भइल

ashiq1साउण्ड स्टेशन के परोसल फिलिम “सबसे बड़ा आशिक” के भव्य मुहूर्त पिछला दिने धूमधाम से मुम्बई के ए बी साउण्ड रिकॉर्डिंग स्टूडियो में करावल गइल.

निर्देशक राम यादव आ निर्मात्री हई दीपा यादव. लेखक लालजी यादव एह फिलिम में प्यार आ मोहब्बत के फार्मूला नया तरीका से लिखले बाड़न जवना के देखे वाला बहुत पसंद करीहें. संगीतकार दीपा यादव, गीतकार प्यारेलाल यादव कवि अउर रमेश यादव, निर्माण प्रबंधक संजय दूबे, आ रूप सज्जाकार अशोक विश्वकर्मा हउवे.

मुख्य भूमिका में धर्मेश मिश्रा, नेहाश्री, मोतीलाल यादव, शिवकुमार गुप्ता, ओम बरनवाल, अकरम, अजीत यादव, अमलेश यादव, ताल्लुक यादव, टिंकू यादव, शोभनाथ पाल, अशोक मौर्या आ दिनेश राय वगैरह रहीहें.


(रामचंद्र यादव)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up