‘चेन्नई रियोंस’ आ ‘केरला स्ट्राईकर’ जइसन मजबूत टीम के हरवला का बाद आ वीर मराठा से हरला का बाद आजु 3 मार्च के ‘भोजुपरी दबंग’ टीञ पुणे में ‘तेलगू वेरियर’ से टकराए वाली बिया. आजुवे ‘वीर मराठा’ हिन्दी फिल्मसितारन के टीम ‘मुम्बई हीरोज’ से पुणही में होखे वाला दोसर मैच में टकराई.
‘भोजपुरी दबंग’ आ ‘वीर मराठा’ दुनु ला पुणे के मैच में करऽ भा मरऽ वाला हाल होखी. आजुए तय हो जाई कि 9 मार्च के होखेवाला सेमीफाइनल में कवन-कवन टीम खेलीहें स. अगर ‘वीर मराठा’ आजु ‘मुम्बई हीरोज’ से हार जात बा त सेमी फाइनल में ना चहुँपी. सेमी फाइनल में खेले ला ‘भोजपुरी दबंग’ के आपन मैच ‘तेलगू वेरियर’से जीते के पड़ी.
(शशिकांत सिंह)
0 Comments