माँ तीर्थवासी देवी इन्टरटेनमेंट का बैनर में जी के चतुर्वेदी के बनावल भोजपुरी फिलिम हमार ललकार के शूटिंग यूपी का अलगा अलगा लोकेशन पर करा के पूरा कर लिहल गइल बा, एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय आ नया कलाकार उमेश सिंह अभिनीत एह फिल्म के निर्देशन अनिकेत मिश्रा कइले बाड़े. उमेश सिंह के भूमिका एगो अइसन युवक के बा जे ठाकुर का अत्याचार से तंग आ के डाकू बन जात बा. सुदीप पाण्डे पुलिस इंसपेक्टर बनल बाड़े. नायोका बाड़ी अनारा गुप्ता आ प्रिया शर्मा.फिल्म के अबही संपादन कइल जा रहल बा.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
0 Comments