सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष अभिनीत फिलिम ‘रखवाला’ के प्रदर्शन एह शुक से मुंबई समेत पूरा देश में कइल जात बा. एह फिलिम में रिंकू के हॉट अवतार भोजपुरी के सगरी नायिकन के पसीना छोड़ा दिहले बा. एह में नायक निरहुआ संगे रिंकू के लव एंगल बा.
निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रितु शर्मा, निर्देशक असलम शेख, मुख्य कलाकार निरहुआ, रिंकू, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास, एन.आर. शेट्टी, सोनिया मिश्रा, मनोज भावुक आ सीमा सिंह.
(शशिकांत सिंह के रपट)
असलम शेख निर्देशित निरहुआ स्टारर फिलिम रखवाला रिलीज भइल
आजु शुक १५ फरवरी का दिने असलम शेख निर्देशित निरहुआ स्टारर फिलिम रखवाला बिहार के वीणा पटना, मोहन आरा, किरण गया, दीपम घोड़ासहन, संगीत मोतिहारी, शंकर सीतामढ़ी, रूपमहल चकिया, अजंता बिहारशरीफ, दुर्गा बक्सर, न्यू दुर्गा सुगौली, दरबार सिवान, लक्ष्मी२ हजारीबाग, श्रीमाँ अरेराज, मिनीगुप्ता औरंगाबाद, ध्रुव बगहा, चन्द्र बैरगनिया, उमा दरभंगा, त्रिमूर्ति डेहरी, साहू सासाराम, मिथिला मधुबनी, श्यामा शिवहर, चंद्र जनदाहा, जानकी केसरिया, शिवम महनार आ सोना रक्सौल में रिलीज भइल.
समय पर जानकारी ना मिल पवला का चलते अंजोरिया के फिल्म प्रतिनिधि छपरा से वापस लवटि अइलन. वितरकन के चाहीं कि कवना कवना थिएटर में फिलिम रिलीज होखी एकर जानकारी हमनी के समय पर दे देसु. अब हमनी का एह बात पर नजर राखब जा कि फिलिम के कइसन स्वागत भइल बा. कवना कवना सिनेमाघर से पहिलके हफ्ता फिलिम उतरल इहो मालूम हो जाई आ कवना कवना जगहा १०० दिन, सिल्वर जुबिली वगैरह मनवलसि इहो पता चल जाई.
(समाचारपत्र में प्रकाशित विज्ञापन से मिलल जानकारी)
0 Comments