pub-4188398704664586

२३ अप्रैल से आज के करण अर्जुन

by | Apr 7, 2010 | 0 comments

बिहार झारखण्ड के सिनेमा हॉलन में भोजपुरी फिल्म के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा आ हिन्दी फिल्मन के जानल मानल निर्माता टी॰पी॰अग्रवाल के जोड़ी के बनावल आ सितारन से जगमगात भोजपुरी फिल्म आज के करण अर्जुन रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव निरहुआ करण का जोरदार एक्शन वाली भूमिका में आ प्रवेशलाल यादव कॉलेजिया विद्यार्थी अर्जुन का भूमिका में रहीहें. दिनेशलाल के नायिका पाखी हेगडे आ प्रवेशलाल के नायिका कृष्णा खंडेलवाल होखीहें. बॉलीवुड के जानल मानल खलनायक टीनू वर्मा एह फिल्म के खलनायक का भूमिका में आ नीलिमा सिंह महतारी का भूमिका में बाड़ी.

फिल्म के कहानी आ निर्देशन हैरी फर्नाण्डिज के ह. विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल गीतन के संगीत दिहले बाड़े धनंजय मिश्रा. छायाकारी अकरम खान के, मारधाड़ आर॰पी॰यादव के, नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना के, कला विजय दास के, आ संवाद मनोज सिंह के ह.

फिल्म के बाकी कलाकारन में अनूप अरोड़ा, पुष्पा वर्मा, सुदेश कौल, धामा वर्मा, गुफी पेंटल, सुर्या, आ आयटम गर्ल संभावना सेठ आ सीमा सिंह बाड़ी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586