manoj-tiwari-with-motherबहुते अइसन लोग भइल बा जे विपरीतो हालात में आपन पहिचान बनावल, अपना बलबूते सफलता लिहल, कबो कवनो दबाव का आगा झुकल ना, राह में आइल अड़ंगा से रुकल ना, आ समाज का दिल में आपन जगहा बना लिहल. अइसनके आदमियन में से एगो हउवें मनोज तिवारी जे लोकप्रिय गायको हउवें आ सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टारो. पिछला दिने मनोज तिवारी अपना कैरियर के बीस साल पूरा क लिहलन.

साल 1992 में मनोज तिवारी के गाना के पहिला एलबम ‘भोजपुरी हंगामा’ जारी भइल रहे. एकरा के कोलकाता के अंजली स्टूडियो में रिकार्ड कइल गइल रहे. दुसरका एलबम आइल ‘ए पहुंना’. मनोज तिवारी बीस साल पहिले पहिला बेर हेड फोन पहिनले रहन. काशी हिंदू विश्वविद्यालय से स्नातक भइला क बाद मनोज तिवारी कबो ना सोचले रहन कि ई हेड फोन उनका माथ पर बीसन बरीस रह जाई. एह 20 साल के संगीत सफर में लोग के दिल पर राज करे लागल बाड़न मनोज तिवारी.

सिनेमा भोजपुरी के नयका दौर मनोज तिवारी के फिलिम ‘ससुरा बड़ा पईसावाला’ से शुरू भइल रहे. भोजपुरी सिनेमा के नयका दौर ले आवे वाला मनोज तिवारी के भोजपुरिया बहुत प्यार करेलें आ इहे वजब बा कि उनुका एक स्टेज शो के बारह लाख रुपिया ले मिलेला जबकि दोसरा स्टारन के बमुश्किल दू ढाई लाख. स्टेज शो कराएवाला जानेले कि मनोज तिवारी के गाना लोग का दिल में उतरेला. मनोज तिवारी कबो फूहड़ फिलिम ना करसु आ एही चलते कमे फिलिम में आवेलें.

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिलिम, जइसे कि ‘ससुरा बड़ा पईसावाला’, ‘देहाती बाबू’, ‘जनम जनम के साथ’, ‘धरती कहे पुकार के’, ‘प्यार के बंधन’, ‘बंधन टूटे ना’, ‘देवा’, ‘गंगा जमुना सरस्वती’ वगैरह, सिनेमा भोजपुरी के नया राह देखवली सँ, नया दिशा दिहली सँ. आजु मनोज तिवारी लीक से हटके बने वाली फिलिम करत बाड़ें. जइसे कि ‘परशुराम’, ‘धारा 144’, आ ऐतिहासिक ‘शेरशाह सूरी’.

मनोज तिवारी अइसन गायक हउवें जे भोजपुरी वीडियो एलबम के शुरुआत कइले आ जिनकर धार्मिको एलबम आजुवो चाव से सुनल जाला. मनोज तिवारी अइसन स्टार हउवन जे अमिताभ बच्चन, अजय देवगन, मिथुन चक्रवर्ती, जैकी श्राफ जइसन स्टारन के भोजपुरी सिनेमा का ओर ले अइलें. सबले अधिका टेलीविजन शो करेवाला स्टारन में से हउवन मनोज तिवारी जे रेडियो पर अंताक्षरी करत बाड़ें, आ टेलीविजन पर ‘भारत की शान’ देखावत बाड़ें, उनकर फैन फालोइंगो जबरदस्त बा. पूरा परिवार इनकर फिलिम टीवी पर देखेला काहे कि सभे जानेला कि मनोज तिवारी फूहड़ फिलिम ना करसु.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: