gadar
एह साल के अबले के सबले बड़ आ चर्चित रहल भोजपुरी फिलिम गदर अब मुंबई में २२ जुलाई से प्रदर्शित होखे वाली बा. ई फिलिम बिहार में पहिलहीं से गदर मचवले बिया आ कई एक सिनेमाघर में ई लगातार हाउसफुल चलत बिया.

मुंबई में रहे वाला बाकिर उत्तर भारत से आवेवाला आ दबंग निर्माता क रुप में चर्चित भूपेन्द्र विजय सिंह, बबलू गुप्ता अउर रवि सिंह एकर निर्माता हवें. कथाकार आ निर्देशक हउवन रमाकांत प्रसाद जे आयरन मैंन पवन सिंह अभिनीत एह फिलिम के भाव आ विश्वास देखावत सार्थक शब्दन में लिखले बाड़न.

फिलिम के हीरो जब पाकिस्तान जाके खलनायक के पीटत बा त दर्शक अपना थपड़ी से हॉल गूंजा देत बाड़ें. गानन प लोग सीटी मारत झूमे लागत बा. गदर के संवाद लेखक वीरु ठाकुर के लिखल संवाद लोग सिनेमाघर से बाहर निकलला का बादो दोहरावत बा.

एह भोजपुरी फिलिम में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, नेहा सिंह, निधि झा, राजेश सिंह, प्रिया शर्मा, उमेश सिंह, सुनीता सिंह, उल्हास कुडवा, राजू सिंह माही, लोटा तिवारी, हीरा यादव अउर रोहन सिंह राजपूत, साक्षी मिश्रा, अशोक गुप्ता आ सीमा सिंह के रोल खास बा. राजपूत फिल्म्स फैक्ट्री आ इंद्रा फिल्म्स के बैनर तले बनल गदर के पटकथा पंडित आर एस मिश्रा लिखले बाड़न. गीत लिखल ह प्यारे लाल यादव, राजेश झा अउर विनोद व्यास के. संगीतकार हउवन ओम झा, कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती, संपादक धरम सोनी, कला निदेशक राजेश पांडे, कोरियोग्राफर संजय कोरबे आ प्रोडक्शन मैनेजर रहलन स्व. रतन चौरसिया. जबरदस्त एक्शन से भरल एह फिलि के मारधाड़ निर्देशक हउवें हीरा यादव.

मानल जात बा कि जइसे बिहार में गदर गदर मचवलसि वइसहीं मुंबईओ में गदर मचा के रही.


(शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

One thought on “बिहार के बाद अब मुंबई में २२ जुलाई से गदर”

Comments are closed.

%d bloggers like this: