बिहार में चम्पारण के रहे वाला संगीतकार दामोदर राव के पिछला दिने भोजपुरी फ़िलिम “मजनू मोटर वाला” में दीहल संगीत ला “बेस्ट संगीतकार” के अवार्ड मुम्बई में दीहल गइल.
जान जाईं जे दामोदर राव अबही ले नाहियो त दू सौ वीडियो अलबम में संगीत दे चुकल बाड़े. दामोदर राव संगीतकार होखला का साथे बढ़िया गायको हउवन आ कईएक वीडियो में उनकर गावल गीतो शामिल भइल बाड़ी स.
अबहीं हाले में रिलीज भोजपुरी फ़िलिम “इंस्पेक्टेर चांदनी” के संगीत दामोदर राव दिहले रहले आ पूरा यूपी बिहार में फिलिम के गीत चरचा में रहल. .निर्माता आर एस तिवारी के फिलिम “दिल हो गइल कुर्बान”, निर्माता कुणाल के फिलिम “मजनू मोटर वाला” आ निर्माता अरुण कुमार के फिलिम “इंस्पेक्टर चांदनी”, इ तीनो फिलिम दामोदर राव के पिछला साल के बेस्ट फिलिम रहली सं.
दामोदर राव के अवार्ड दिहलसि दार्शनिक मुम्बई प्रेस मीडिया. दामोदर राव एकरा आयोजक कल्याणजी जाना के बहुत-बहुत धन्यवाद दिहले कि उनका के एह लायक समुझल गइल.
अवार्ड का मौका प फिलिम जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहे. एहमें शामिल रहले उदित नारायण, पवन सिंह, रानी चट्टर्जी, मनोज चौधरी, राजकुमार पाण्डेय, अर्चना सिंह, पायल सेठ, जगदीश शर्मा, रवि सिन्हा वगैरह,
(संजय भूषण पटियाला)