LifafaMeAbeer-holi
पिछला दिने टी-सीरीज आपन भोजपुरी होली एलबम ‘लिफाफा में अबीर’ जारी कइलस. एह एलबम के मुख्य गायक सुपर स्टार पवन सिंह बाड़ें. साथही ममता रावत आ वर्षा तिवारी के मीठ आवाजो बा एह एलबम में. गीत विनय बिहारी के हवे आ संगीत से सजवले बाड़न धुन के गुनी मधुकर आनंद.

एह एलबम के खासियत के बारे में पूछला प मधुकर आनंद कहलें – अश्लीलता से गँवे-गँवे नाता तूड़े के कोशिश के एगो छोटहन कड़ी ह ई एलबम. हमनी के चहले बानी जा कि भोजपुरी हर वर्ग के घर-घर में राज करो. काहे कि जब ले भोजपुरी के गीत-संगीत हर आंगन में ना बाजी, तबले भोजपुरी के बगिया गमकी ना. उमेद बा कि देशभक्ति के रंग से सराबोर ई एलबम सभका दिल प राज करी.


(ओमप्रकाश अमृतांशु)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: